Location via proxy:   [ UP ]  
[Report a bug]   [Manage cookies]                
Jump to content

रायोलाइट

विकिपीडिया से
रायोलाइट
Rhyolite
इग्नियस चट्टान
कंपोजीशन
फेल्सिक: इग्नियस क्वार्ट्ज आ एल्कलाई फेल्सपर (सैनीडाइन आ सोडिक पैल्जियोक्लेज), बायोटाइट आ हार्नब्लेंड

रायोलाइट ज्वालामुखीय आग्नेय चट्टान हवे जे रासायनिक संरचना में फेल्सिक (सिलिका-प्रधान) होले। एकर रचना शीसानुमा (ग्लासी) से ले के अफैनाइटिक (जेह में बहुत महीन रवा होखें) चाहे पोर्फाइरिटिक (कुछ महीन आ कुछ बहुत बड़ रवा वाली) हो सके ला। ई मैग्मा के जमीन फोर के बाहर निकल के लावा के रूप में बहाव से बने ले एही कारन एह में रवा ना बने ले या फिर बने ले तब्बो बहुत बड़ ना होखे लें। रासायनिक कंपोजीशन के हिसाब से ई ग्रेनाइट नियर होले काहें कि ग्रेनाइट ठीक अइसने मैग्मा के जमीन के भीतरें जम जाए के कारन बने वाली (इंट्रूसिव चट्टान) हवे।